दोष त बङले बा जी

18/08/2007 10:41

 

आईल जब पश्चीम से टीवी, बीवी के डीजाईन बदल गईल !

देखा२ के फैशन फीलीम, साड़ी छोड़ जींस मील गईल !!

चले लगली बीन अंचरा ओढ़नी, के सब कुछ खुला हो गईल !

बब कट में बाल कटवली, इन्ग्लीश्तानी चाल हो गईल !!

कुवांर में खाली कपड़ा पेन्हे, ओकरा नाक छोड़ ढोढी में छेद बा !

आईत ना जब पश्चीम से टीवी त के कहीत की ओकरे में दोष बा ?

 

आईल कंप्यूटर बदलल दुनीया, इन्टरनेट सब संस्कार हो गईल !

घर बईठ्ले चेटींग होखे त, डेटींग खातीर मन मचल गईल !!

का करी अब सरकार कवनो, डेटींग बड़का फैशन बन गईल !

मनवा मस्त भईल इ सभ्यता में, आपण सभ्यता भुला गईल !!

लउके के चाही कमर पीठ, ओकरा से कुवांर के कहा आश बा !

इ सभ्यता पश्चीम के ही ह, ना त के कहीत की ओकरे में दोष बा ?

 

भावुक कहलन मादा संग मादा, नर के संगे नर घरे आईल !

रंग देख रंग बदले दुनीया एगो, मछ्ङी से पूरा तलाब गईल !!

सवींधान बदले चाहे बदले धारा, सम्लैंगीक ही परीवार भईल !

चोरी चोरी होखे चाहे मीले समर्थन, जन संख्या कंट्रोल भईल !!

आपन संस्कृती प दाग लागल, इ में खाली नेतन के दोष बा !

सम्लैंगीक ह पश्चीमी सभ्यता, सब  कही की ओकरे में दोष बा ?

 

नक़ल करे के त पुरान परम्परा, त इँडीयन आईडल नकलची भईल !

मास्टर ब्लास्टर आई पी एल में बाड़न, कुछ दीन में पी पी एल आईल !!

क्रीकेट काँउटी में लीट्ल मास्टर रहलन, त काँउटी के मान बढ़ गईल !

कमाई कुछ करे के जज्बा, तबे 83,2011 में इतीहाश बन गईल !!

हार जीत दुनो ह जीन्दगी, इ मत सोची की आपन टीमे में खोट बा !

अईसन सोच पश्चीमी सभ्यता, त सब कही की ओकरे में दोष बा !!

—————

Back


दोष त बङले बा जी

No comments found.





Contact

विनोद कुमार सक्सेना

ग्राम - अम्हरूहाँ पोस्ट - कोसिअर
जिला - भोजपुर आरा बिहार ८०२२०८


OFFICE
INDUSTRIAL GUAR PRODUCT PVT. LTD.
Industrial Area Phase-II Neemrana Rajsthan.
09660899333


मोबाईल
+918440936065
+917689895288