दल पीठा

30/09/2007 12:57
सामान - १ किलो आटा ( चावल चाहे गेहूं दुनो के बन सकत बा )
२०० ग्राम दाल ( अरहर, बूंट -चना चाहे मटर के भी - हरियर मटर गद्दा के भी पीस के बन सकत बा )
१ चम्मच छोटहन जीरा , ५-६ पोट लहशुन , १ गो प्याज , २-३ गो हरियर मिरचाई ( जईसन सवाद )
२ गो टमाटर , १ चम्मच बड़हन तेल , अदरख लहसुन के आधा , हरियर धनियाँ, नमक ( जईसन स्वाद )
 
 
२-३ आदमी खातीर

 

 
बनावे के तरीका - दाल के साफ़ करके बाफ लीं ( पकाईं दाल निकाल के पानी फेकी मत) , दाल के शिल्वट प चाहे ओखरी में पिस लीं , लहशुन, प्याज, मिरचाई, अदरख के भी पिस ली,ं आ पिसल दाल में बढियां से मिला दीं, अब एगो कराही में तेल गरम करीं, जीरा के तेल में भूंजी, टमाटर के बारीक़ काट के कराही में डाल दीं, जब टमाटर पाक जाये त दाल के भी कराही में डाल दीं, डाल के बढियां से मिलाईं, जब सब दाल तेल, जीरा में लपेटा जाये त कराही के उतार लीं, अब आटा के सान के १००-१०० ग्राम के लोई बनाईं, लोई के बींच में १-१ चम्मच दाल डालीं, लोई के बंद करके दुनो तर्हथ्थी के बींच में लेके दाहिने-बांवे घुमाईं एहसे लोई दुनो तरफ से पातर आ लाम हो जाई, अईंसे सब आटा के बना ली,ं थोडा सा लगभग १ बड़हन चम्मच दाल बचा लीं, अब एगो पतीला में पानी गरम कर दीं, सब लोई के बनावल ( पीठा) के गरम पानी में डाल दीं, पाक जाये त उतार दीं I
अब दाल के पानी में लोई में डाले से बाचल दाल के मिला दीं आ जीरा, टमाटर के साथे छओंक दीं ओमे मरीच, गरम मशाला के पीस के डाल दीं खऔल जाये त उतार दीं, लीं तईयार हो गईल पीठा के चटनी, अब का पीठा के साथे मजा लीं I

—————

Back


Contact

विनोद कुमार सक्सेना

ग्राम - अम्हरूहाँ पोस्ट - कोसिअर
जिला - भोजपुर आरा बिहार ८०२२०८


OFFICE
INDUSTRIAL GUAR PRODUCT PVT. LTD.
Industrial Area Phase-II Neemrana Rajsthan.
09660899333


मोबाईल
+918440936065
+917689895288