हमरा बारे में 

 

 

से १२ साल पहीले के बात ह जब हम आपन बिहार के छोड़ के रोजी रोटी के खातीर परदेश में अईनी त अपना आप के एगो बीहारी आउर भोजपुरी भाषी होखला प तनीका अफ़सोस भईल, बाक़ी उ बात के हम भुला के अपना सूझ बुझ आउर मेहनत से सब के ही आपन दोस्त बना लीहनी आउर आज हम ओही लोगन के बींच सफल आउर कामयाब बानी I नेट प भोजपुरी भाषा के देख के पढ़ के दील एक तरह से मदहोश हो गईल आ उम्मंग में आ के सोचनी की हमहू आपन एगो साईट बनाईब आ रउवा सब भोजपुरी भाषी से आपन दील के बात कहब आउर राउर सब के सुनब, त का रउवा सब तइयार बानी हमरा साथ में आपन अनुभव आ बीचार बाटे के खातीर ? त आईं भोजपुर नगरीया से आईल इ विनोद राउर सब के स्वागत करत बा !!

 

जनम भइल बा देहरादून में अम्हारुहाँ आरा में बा अवाश !

कह नईखी सकत हम बीतल बचपन के बारे में कुछ ख़ास !!

भेजे लगले बाबूजी पढ़े लिखे के रख दील्वा में कुछ आश !

चढ़ल जवानी त मन उडे लागल छुवे के चाहीं अब आकाश !!

 

देख प्रीतीया भावुक के अब मनवा बहकी ना केकर !

भावुक कहलन तू मान जा बाबू इ प्रीतीया भईल ह केकर !!

इ प्रीतीया बनाई दुश्मन ओकरे बाड़ आज दुलारा जेकर !

मानल ना मनवा पा गईल अब त झंकार पायल के उनकर !!

 

अब का कहीं हम ए भावुक का का देखनी हम उनके प्यार में !

एगो अल्लढ़ के ठिठोली खूब रिझईलक कभी प्यार कभी तकरार में !!

हमहू जान गइनी की उनकर अदा ह इकरार करेके इनकार में !

इ का भईल का परिवारीक बंधन भी बा हमनी के पयार में !!

 

छुट गईल सब प्यार मुहब्बत जियात्बानी उनके याद में !

का कहीं हम इ मुहब्बत का ह खूब बुझाईल बाद में !!

मन्मगन मुहब्बत में हमहूँ रहनी जब रहली उ नजरीयाँ के पास ! !

गुनगुनात भवरन जईसन हमहूँ रहनी जब उ दीनवा रहे ख़ास ! !!

 

भूल गईलन भवरा उ कलीयन के जवन इतरा के खीलल छोड़ दीहली !

हम कभी ना भुलाईब उ गलीयन के जहां से उ मीलल छोड़ दीहली !!

खेलनी खईनी संगे संगे सेयान भईनी अलग अलग !

प्यार मुहब्बत कईनी दुनो मील जवान भईनी अलग अलग !!

 

कटल जवानी एक दुसरे के याद में पुराण भईनी अलग अलग !

जिन्दा बानी उनके याद में अब त मर भी जाईब अलग अलग !!


Contact

विनोद कुमार सक्सेना

ग्राम - अम्हरूहाँ पोस्ट - कोसिअर
जिला - भोजपुर आरा बिहार ८०२२०८


OFFICE
INDUSTRIAL GUAR PRODUCT PVT. LTD.
Industrial Area Phase-II Neemrana Rajsthan.
09660899333


मोबाईल
+918440936065
+917689895288