हम भोजपुरिया हई
आज हम रउवा सभे से कुछ बात कईल चाहम, जब हम आपन बिहार के छोड़ के रोजी रोटी खातीर परदेश में अईनी त अपना आप के एगो बिहारी आउर भोजपुरी भाषी होखला प तनीका अफ़सोस भईल, बाक़ी उ बात के हम भुला के अपना सूझ बुझ आउर मेहनत से सब के ही आपन दोस्त बना लीहनी आउर आज हम ओही लोगन के बींच सफल आउर कामयाब बानी I नेट प भोजपुरी भाषा के देख के पढ़ के दील एक तरह से मदहोश हो गईल आ उम्मंग में आ के सोचनी की हमहू आपन एगो साईट बनाईब आ रउवा सब भोजपुरी भाषी से आपन दील के बात कहब आउर राउर सब के सुनब, त का रउवा सब तइयार बानी हमरा साथ में आपन अनुभव आ बीचार बाटे के खातीर ? त आईं भोजपुर नगरीया से आईल इ विनोद राउर सब के स्वागत करत बा !! जय भोजपुरी.............!

